भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी भाषा सीखे : Learn Bhojpuri Language भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग 2

भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग 2

0
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग 2
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग 2

भोजपुरी पर्यायवाची शब्द : जब कई गो शब्द के एगो अर्थ होला त कुल्हि पर्यायवाची शब्द कहाला। अर्थात् एक शब्द दूसर शब्द के पर्याय होला। जइसे – निचका, लगे, भीरी, कुल्हि शब्दन के माने होला नियरा।

भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग 2

जोगीरा डॉट कॉम के प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत जोगीरा लेके आइल बा भोजपुरी पर्यायवाची शब्द।

भोजपुरियो में पर्यायवाची शब्दन के कमी नइखें। जवना में से कुछ प्रचलित शब्दन के पर्यायवाची नीचे दिहल गइल बा।

कुछ भोजपुरी पर्यायवाची शब्द

आग – आगि, भउर
आँख – आँखि, नयन, नैन, नजर
ँख – केतारी, ईख, गन्ना
जोरू – जनाना, लुगाई, धनि, मेहरारू, घरनी, मेहर
पेड़ – गाछ, फेंड़, बिरिछ
गोड़ – पैर, टाँग, टॅगरी
सुंदरनीमन, अच्छा, सुधर
पति – स्वामी, मरद, पिया
मेघ – घटा, बदरी, बादल
मेहरारू – जनाना, जनीजात, औरत, जोरू, घरनी
बछरू – बाछा, बछड़ा, लेख
सामने – सोझा, आगा
चिरई – पंछी, पखेरू, चिरई-चुरुंग
दरवाजा – केवाड़ी, पट, दुआरि
रस्सी – रसरी, जोर, डोरी
गर्दन – गरदन, नरेटी, पेंट, घंटी
छईंटी – दउरी, छईंटा, दउरा, ढाका
लइका – लरिका, बुत, टेल्हा, छौंड़ा, बचवा
लइकी – लड़की, बँउरी, बचिया, बुचिया, बिटिया, धिया
कुआँ – कुईयाँ, इनार, इनरा
डंटा – पैना, सोंटा, लबदा, गोजी
लाठी – लडट, लट्ट, लडर
हवा – बेयार, बतास
चाँद – चनरमा, चंदा, चान
सुरूज – सूरज, आदित, गोसाईं
धरती – भूईंया, जमीन
नौका – नाव, डेंगी, नइया
तालाब – पोखरा, बउली
खटिया – चारपाई, खटोली, खाट
इनार – कुइआँ, कुआँ
ताकत – बूता, काबू, बल
नीचकानियरा, भीरी, लगे

———अगिला भाग जल्दिये आयी, इंतजार करी सभे———

ध्यान दीं: भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े खातिर जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं


भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version