
“सूरज मंडल” जी पईसा से गरीब ज़रूर बानीं लेकिन उहाँ के बनावल लिट्टी-चोखा में रउवा सभे के देशी स्वाद के अलावा एगो अपनापन भरल प्यार के अहसास भी ज़रूर मिली। सूरज भैया ककरोला मोड़ से नज़फगढ़ जाए वाला रोड पर आपन रेहड़ी लगावेनी, एही से उहाँ के परिवार के गुज़ारा चलेला। अगर आप सभ कभी भी एह रास्ता से गुज़रीं त सूरज भैया और भउजी के हाथ के बनावल लिट्टी-चोखा ज़रूर खाईं, एगो भोजपुरिया भाई के इहे आपसे निहोरा बा।
एगो अउरी बात आप सभ भोजपुरिया भाई से ई कहे के बा कि जब भी रउवा सभे किहें कवनो छोट भा बड़ भोज होखे, हर व्यंजन के साथ-साथ लिट्टी-चोखा के भी ओकरा में ज़रूर जगह दीं। आप सब सूरज भैया के नंबर पर कॉल भी कर सकीलें जा, उहाँ के नंबर बा: 8587974696.
आभार: आखर के फेसबुक पेज से








