अपना पसंद के मेहरारू पावे खातिर भगवान शिव जी के चढ़ाई फूल

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

सावन में भगवान शिव के पूजा के बड़ा महत्त्व बा, आ मानल जाला कि अगर पूरा सावन के महीना सच्चा मन से शिव जी के पूजा कइल जाव त सारा भाखवउती सा मनोकामना पूरा हो जाला।

अगर रउवा आपन मनपसंद मेहरारू चाहत बानी त जानी शिव जी के कइसे पूजा आ कौन फूल चढ़ावल जाव।

  • लाल आ उजर आकौड़े के फूल से भगवान शिव के पूजा कइला पऽ मोक्ष के प्राप्ति होला।
  • चमेली के फूल से भगवान शिव के पूजा कइला से गाड़ी के सुख मिलेला।
  • शमी के पत्तइ से भगवान शिव के पूजा कइला पऽ मोक्ष के प्राप्ति होला।
  • बेला के फूल से शिव जी के पूजा कईला से सुनर, सुशील आ मनपसंद मेहरारू मिली।
  • जूही के फूल से शिव जी के पूजा करेब तऽ रउआ घरे कबो अनाज के कमी ना होइ।
  • कनईल के फूल से भगवान शिव के पूजा कइला पऽ नया कपड़ा मिलेला।
  • हरसिंगार के फूल से शिव जी के के पूजा कइला पऽ सुख सम्पति बढ़ेला।
  • धतूरा के फूल से शिव शम्भू के पूजा कइल प पुत्र रतन के प्राप्ति होला।

आपन राय जरूर दीं