राष्ट्रपति द्वारा सम्मानित भइले रामचन्द्र माँझी

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

लोककलाकार भिखारी ठाकुर (Lok Kalakar Bhikhari Thakur) के रंगसंगी रंगकर्मी सारण निवासी श्री रामचन्द्र माँझी ( Shree Ramchandra Manjhi) के वर्ष 2017 के ‘संगीत नाटक अकादमी’ सम्मान से आजु(6 फरवरी के) सम्मानित कइल गइल।

राष्ट्रपति भवन के प्रसिद्ध दरबार हॉल में माननीय राष्ट्रपति श्री रामनाथ कोविंद के हाथों ई सम्मान मिलल। बिहार रंगमंच के इतिहास में ई पहिला अवसर रहे जब नाच विधा के कवनो कलाकार के एतना बड़ सम्मान मिलल।

श्री रामचन्द्र माँझी जी
श्री रामचन्द्र माँझी जी

भोजपुरी जन जागरण अभियान के राजेश भोजपुरिया के कहनाम बा कि- लोककलाकार भिखारी ठाकुर नाटक मंडली के सक्रीय सदस्य श्री रामचन्द्र माँझी जी 93 बरिस के उमिर में भी अपना कला के प्रदर्शन आज भी कर रहल बाड़न।

भिखारी ठाकुर रंगमंडल में भिखारी ठाकुर कृत हर नाटक में इहा के मुख्य भूमिका निभावत रहल बानी।इहा के रंगमंडल में स्त्री के भूमिका करे खातिर जानल जात रहल बानी।

संगीत नाटक अकादमी सम्मान भारत मे गीत संगीत,नृत्य,नाटक के क्षेत्र में दिहल जाये वाला सर्वश्रेष्ठ सम्मान ह। एकरा से सारण, बिहार ही ना बलुक भोजपुरिया क्षेत्र के गीत-संगीत, नृत्य,नाटक ,रंगमंच से जुड़ल लोगन में काफी खुशी के माहौल बा। रामचन्द्र माँझी जी के सम्मान मिलल एक तरह से लोककलाकार भिखारी ठाकुर जी के ही सम्मानित कइला जइसन बा। “भोजपुरी जन जागरण अभियान” खुशी जतावत श्री रामचन्द्र माँझी के बधाई दे रहल बा आ संगीत नाटक अकादमी के आभार प्रकट कर रहल बा।

आपन राय जरूर दीं