भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

महकता

0
Sujit singh
Sujit singh

महकता हीरो,गीतकार आ गवइया लोग,
बडुवे घिनाइल सुनेवाला देखवइया लोग।

कके अदाकारी शान भाषा के बढ़ाव तारें,
रफ टफ हॉट सिन ओपेन फिल्माव तारें।

लिखतारें गजबे कहानी लिखवइया लोग,
बडुवे घिनाइल सुनेवाला देखवइया लोग।

सभ्य संस्कारी जे बा करता विरोध एकर,
गइल गोहाइल देखे करताटे शोध एकर।

भोजपुरियन के बर स्टार हवे भइया लोग
बडुवे घिनाइल सुनेवाला देखवइया लोग।

सौ में से पांचे गो बा निक सभे जानत बाटे,
पांचे गो में बाकि लोग अपनों के सानत बाटे।

खुद के बुझेले सलमान नचवइया लोग,
बडुवे घिनाइल सुनेवाला देखवइया लोग।

कुकरमी भइल कुछ लोगवा सराह ताटे,
सुनत नाही आह भाषा केतना कराह ताटे।

होलें बदनाम त का छापता रूपइया लोग,
बडुवे घिनाइल सुनेवाला देखवइया लोग।

सुजीत सिंह(शिक्षक)
कन्या मध्य विद्यालय अपहर
ग्राम-सलखुआँ
पोस्ट-अपहर
अंचल-अमनौर(सारण)
मो0न0-9661914483

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version