भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी कविता काहे ना रोज मनावल जाव: भोजपुरी गीत

काहे ना रोज मनावल जाव: भोजपुरी गीत

0
श्वेताभ रंजन
श्वेताभ रंजन

काहे ना रोज मनावल जाव
भोजपुरी गीत गावल जाव
हर दिन उत्सव
हर पल उल्लास
काहे ना रोज मनावल जाव
भोजपुरी गीत गावल जाव

अँगुरी पकर के खेत तर
बचपन के ले जावल जाव
काहे ना रोज मनावल जाव
भोजपुरी गीत गावल जाव

काहे ना थरिया के थाप पे
रोज निर्गुण गावल जाव
काहे ना रोज मनावल जाव
भोजपुरी गीत गावल जाव।

शासक के कान के जरी
भोजपुरिया आग लगावल जाव
काहे ना रोज मनावल जाव।
भोजपुरी गीत गावल जाव

सत्ता आ सरकार के लगे
आपन विरोध बतावल जाव
काहे ना रोज मनावल जाव
भोजपुरी गीत गावल जाव

भोजपुरिया सम्मान के खातिर
साहित्य के बाढ़ लगावल जाव
काहे ना रोज मनावल जाव।
भोजपुरी गीत गावल जाव

सांभर:श्वेताभ रंजन

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : सातवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : आठवाँ दिन

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version