भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home घरेलु नुख्से खजूर में छुपल बा सेहत के राज

खजूर में छुपल बा सेहत के राज

0
Health benefits of dates or khajoor
Health benefits of dates or khajoor

खजूर में छुपल बा सेहत के राज, खजूर के वंडर फ्रूट भी कहल जाला। खजूर आयरन, मिनरल्स, कैल्शियम, अमीनो एसिड, फॉस्फोरस आ विटामिन्स से भरपूर होला जवन की सेहत के साथ साथ खूबसूरती निखरे के भी काम करेला। ग्लूकोज अउरी फ्रक्टोज के खजाना ह खजूर। इ डायबिटीज में उपयोगी होला, इम्यून पावर के बड़वे ला। खजूर में कोलेस्ट्रोल ना होखेला।

१ . ताकत बढ़ावे वाला
खजूर में प्रचूर मात्रा में ग्लूकोज, फ्रक्टोज अउरी सुक्रोज पावल जाला जवन कि शरीर के ताकत बड़वे के काम करेला। दू चार गो खजूर खइला से भी रउवा तुरंत एनर्जी मिल जाइ।

२. वजन बढ़ावे खातिर
अगर राउर वजन कम बा आ रउवा वजन बढ़ावे के चाहत बानी त एह काम में खजूर राउर मदद करीं। एह में शुगर, विटामिन आ कई गो जरुरी प्रोटीन होला जे कि वजन बढ़ावे के काम करेला। अब रउवा रोज चार पाँच गो खजूर खाइल शुरू कर दीं।

३. हड्डी के मजबूती खातिर
खजूर में मौजूद लवण हड्डी के मजबूती देवे के काम करेला। खजूर में उपलब्ध कैल्शयिम, सेलेनियम, मैगनीज आ कॉपर शरीर के हड्डी के मजबूत बनावे ला।

४. कब्ज से राहत
कब्ज के शिकायत होखे त खजूर खाई, एह में प्रचुर मात्रा में फाइबर होला जवन कि पाचन तंत्र ठीक करेला।
रोज राती के ३ -४ पानी में डाल दीं, सबेरे खाई फायदा करी।

५. त्वचा खातिर
खजूर त्वचा खातिर बहुत फायदेमंद होला, खजूर खइला से चेहरा के झुर्री ठीक होला।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version