डॉ परमेश्वर दूबे ‘शाहाबादी’ के नवगीत संग्रह के भइल लोकार्पण

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी के वयोवृद्ध साहित्यकार श्री जगन्नाथ जी के सम्मान में काव्य गोष्ठी सह पुस्तक लोकार्पण कार्यक्रम के आयोजन जगन्नाथ जी के आवास गर्दनीबाग, पटना में आयोजित भइलकार्यक्रम में सर्वप्रथम सभे साहित्यकार लोगन के तरफ से श्री जगन्नाथ जी के फूलमाला पहिना के सम्मानित कइल गइल।कार्यक्रम के अध्यक्षता भी श्री जगन्नाथ जी कइनी।

ओहिजे संचालन कइनी साहित्यकार श्री भगवती प्रसाद द्विवेदी जी। मुख्य अतिथि के रूप में शहर जमशेदपुर के चर्चित कवि आ साहित्यकार श्री गंगा प्रसाद अरुण जी उपस्थित रही। एह कार्यक्रम के दौरान डॉ परमेश्वर दूबे शाहाबादी जी के नवगीत संग्रह ‘फूल हर सिंगार के’ के लोकार्पण उपस्थित साहित्यकारन द्वारा कइल गइल। साथे साथ आउर भी कई गो किताबन के लोकार्पण भइल।एह नवगीत संग्रह ‘फूल हर सिंगार के’ के संपादक श्री गंगा प्रसाद अरुण जी बानी। कार्यक्रम में सबसे पहिले भोजपुरी नवगीत पर आपन आलेख पाठ कइनी साहित्यकार श्री तैयब हुसैन पीड़ित जी।

डॉ परमेश्वर दूबे 'शाहाबादी' के नवगीत संग्रह के लोकार्पण
डॉ परमेश्वर दूबे ‘शाहाबादी’ के नवगीत संग्रह के लोकार्पण

एकरा बाद काव्य गोष्ठी के आयोजन भइल,जेकर सफल संचालन कइनी श्री भगवती प्रसाद द्विवेदी जी।काव्य गोष्ठी में श्री सतीश्वर प्रसाद सिन्हा ‘सतीश’, श्री तैयब हुसैन पीड़ित, श्री जितेंद्र कुमार, श्री गह्वर गोवर्धन, श्री मधुरेश नारायण, श्री जीवन प्रकाश, श्री गंगा प्रसाद अरुण, श्री भगवती प्रसाद द्विवेदी द्वारा आपन रचना के सस्वर पाठ कइल गइल।

आपन अध्यक्षीय वक्तव्य में श्री जगन्नाथ जी दिवंगत साहित्यकारन के रचनन के प्रकाशित करावे खातिर श्री गंगा प्रसाद अरुण के सराहना कइनी,जबना में उहा के विशेष रूप से भोजपुरी गीत संग्रह ‘बिना के तान’ के काफी प्रसंशा कइनी आ कहनी कि आगे भी एह तरह के काम होत रहे। एह अवसर पर अन्य कवि आ साहित्यकार लोग उपस्थित रहले।

रिपोर्ट – राजेश भोजपुरिया

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम

आपन राय जरूर दीं