भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी कविता भोजपुरी भासा हऽ माई के

भोजपुरी भासा हऽ माई के

0
डाॅ पवन कुमार
डाॅ पवन कुमार

भोजपुरी भासा के अस्मिता आ ओकरा संवैधानिक दरजा खातिर आंदोलन जारी बा। एही सिलसिला में केंद्र सरकार से अपना हक के मांग करत भोजपुरिया सपूत लोग दिल्ली के जंतर-मंतर पर 21 फरवरी 2017 से धरना आयोजित कइले बा ।ओह धरना के समर्थन में आ सूतल भोजपुरिया भाई लोगन के जगावे ला हमार एगो मुक्तक कविता हाजिर बा:

भोजपुरी भासा हऽ माई के
दूध हऽ बकरी के गाई (गाय)के
लाठी हऽ बाबू के भाई के
झोरी हऽ बाबा के दाई के ।

दूध के ई छाली हऽ खखोरी हऽ
बउआ के खीर के कटोरी हऽ
दही हऽ घीव हऽ डार् ही हऽ
मही हऽ छेना के थारी हऽ।

इहे जे हमके बोले के सिखवलस
इहे जे हमके दुनिया चिन्हवलस
ठेस लागल गिरला पर कोरा उठा के
आंखि के लोर पोंछि गंवे से सुघरवलस।

कविता -कहानी एमे ढेरे गढ़ाइल बा
छंद रस अलंकार सगरो छिटाइल बा
भाव भरल महिमा एकर केतना बखानी
गगरी में नेह-छोह केतना समाइल बा।

केतना सपूत भइलें भोजपुरी माई के
फहरवलें झंडा लिख-लिख के गाई(गा) के
देसन-बिदेसन में चमकत लिलार जेकर
करतूत देखीं अपना भोजपुरिया भाई के ।

बिसराईं जनि अपना बोली-बानी के
इहे पोथी -किताबन में बरनित बा
राखीं जोगा के हिरदय में थाती के
मात् रि भासा भोजपुरी अमरित बा।

लेखक: डाॅ. पवन कुमार

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version