भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी क्लासिक भोजपुरी गाना भोजपुरी निर्गुण कवने खोतवा मे लुकयईलु

भोजपुरी निर्गुण कवने खोतवा मे लुकयईलु

0

मदन राय जी के भोजपुरी निर्गुण कवने खोतवा मे लुकयईलु

कवने खोतवा में लुक‍इलू आहि रे बालम चिरई
आहि रे बालम चिरई, आहि रे बालम चिरई

बन-बन ढुँढली दर-दर ढुँढली ढुँढली नदी के तीरे
सांझ के ढुँढली रात के ढुँढली ढुँढली होत फजीर
जन में ढुँढली मन में ढुँढली ढुँढली बीच बजारे
हिया-हिया में प‍इसि के ढुँढली ढुँढली विरह के मारे
कवने अँतरे में सम‍इलू आहि रे बालम चिरई
कवने खोतवा में लुक‍इलू आहि रे बालम चिरई

गीत के हम हर कड़ी से पुछलीं पुछलीं राग मिलन से
छंद-छंद लय ताल से पुछलीं पुछलीं सुर के मन से
किरन-किरन से जाके पुछलीं पुछलीं नल गगन से
धरती और पाताल से पुछलीं पुछलीं मस्त पवन से
कवने सुगना पर लोभ‍इलू आहि रे बालम चिरई
कवने खोतवा में लुक‍इलू आहि रे बालम चिरई

मंदिर से मस्जिद तक देखलीं, गिरिजा से गुरुद्वारा
गीता और कुरान में देखलीं, देखलीं तीरथ सार
पंडित से मुल्ल तक देखलीं, देखली घरे कसाई
सगरी उमिरिया छछलत जियरा, कैसे तोहके पाईं
कवने बतिया पर कोहँइलू, आहि रे बालम चिरई
कवने खोतवा में लुक‍इलू आहि रे बालम चिरई

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version