Warning: Attempt to read property "slug" on null in /home4/wjhkhimy/public_html/jogira/wp-includes/taxonomy.php on line 4717
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

Warning: Attempt to read property "slug" on null in /home4/wjhkhimy/public_html/jogira/wp-includes/taxonomy.php on line 4717
Home भोजपुरी कविता भोजपुरी कविता : पडोसी

Warning: Attempt to read property "slug" on null in /home4/wjhkhimy/public_html/jogira/wp-includes/taxonomy.php on line 4717

भोजपुरी कविता : पडोसी

0
भोजपुरी कविता : पडोसी
भोजपुरी कविता : पडोसी

दुःख: के दरियाव में जे बनत रहे
पतवार खेवनिहार
आजू का भइल ओह बेवहार में
बुझाते नइखे हमार पडोसी
अब चिन्हाते नइखे
लागत बा ओकरो हवा लागल बा
गुमान के
ना काका कहेला ना भईया
दिनभर गीनत रहे ला रोपईया
चुपचाप आवेला चुपचाप जाला
केवाड़ी ओठंगा के खाला
कमरी ओढ़ के घी पियेला
अपने में मरेला अपने में जिएला
उ जे कबो बिना नून मरीचा मंगले
ना खात रहे ना तियाना तरकारी
पहुचावे में लजाये आधा अपने खाए
हमरो के आधा खिआवे
आज बोलते नईखे
मुंह खोलते नईखे
हमार पडोसी
नेह सनेह के दुआर पर परहेज के
ईटा धरि दिहले बा ना ताकेला
ना झाकेला हमार फिकिर बईठल ब
ओकर भाव चढ़ल बा
लागत बा पडोसी के परिभाषा बदल जाई
विश्वास के देवाल ढह जाई
नेह के डेहरी भहर जाई
टूट जाई परेम के डोरी
त का ! शब्दकोष से पडोसी
शब्द ओरा जाई ?
के रही दुख: में
धरनीहार
सुनानिहार
हे भगवान !

भोजपुरी कविता : पडोसी
रचनाकार: संतोष पटेल

टीम जोगीरा आपन भोजपुरी पाठक सब के ई वेबसाइट उपहार स्वरुप भेंट कर रहल बा। हमनी के इ कोशिश बा कि आपन पाठक सब के ढेर से ढेर भोजपुरी में सामग्री उपलब्ध करावल जाव। जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी के ऑनलाइन सबसे मजबूत टेहा में से एगो टेहा बा, एह पऽ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के टटका ख़बर, भोजपुरी कथा कहानी, भोजपुरी किताब, भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी से जुड़ल समग्री उपलब्ध बा।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version