जोगीरा डॉट कॉम के लगातार सार्थक कोशिश रही कि आपन गौरवशाली अतीत के फेर से परिभाषित कऽ के भोजपुरी के छवि के आपन देस के साथे-साथ दुनिया के बाकी हिस्सा में भी पुनर्जीवित कईल जाव। ई काम में रउरा सब के सहयोग के साथ जरुरी बा, एह से रउरा सभे से निहोरा बा की “जोगीरा डॉट कॉम” से जुड़ी आ आपन भासा भोजपुरी के आगे बढ़ावे में टीम जोगीरा के मदद करीं।
जोगीरा डॉट कॉम के ई सतत प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत जोगीरा लेके आइल बा भोजपुरी मुहावरा आ देहाती कहावत, जहा प रउवा भोजपुरी मुहावरा के बारे में पढ़ेब और ओकरा बारे में जानेब ओकर अर्थ के साथ।
देहाती कहावत और मुहावरा | Bhojpuri Idioms with meaning
- कउआ हँकनी बनावल – बेचैन किये रहना, इज्जत न देना
- कतराइल – कन्नी काटना, पिण्ड छुड़ाना, मुँह मोड़ना
- कनैठी लगावल – कान ऐठना, सजा देना
- कपार धूनल – सिर पिटना
- कपार पर चढ़ल – मन बढ़ना
- कपारे हाथ – चिंता में
- करम फूटल – दुर्भाग्य
- करम में आग लागल– विपत्ति, अभाग्य
- करम में लेंढ़ा लागल – कर्म करने पर भी फल नहीं मिलना, सफलता नहीं मिलना
- करेजा काढ़ के देहल – दिल खोलकर मदद करना
- करेजा फाटल – अतिशय दु:खी होना
- करेजा में लगल – दु:ख होना, किसी बात की चोट लगना
- कवन मुँह लेके जाएब – ऐसा काम जिसके प्रत्यक्ष होने पर शर्म लगे
- कसाई के कुत्ता – लालची पिछलग्गू
- काँची काढ़ल– पीटना, मारना
- काँचे नींद – पहली नीद
- काँन फूँकल – चेला बनाना
- कांची निकालल – आहिन करना, कूटना, पीटना
- काजर से आँख भारी – सुकुवार
रउवा खातिर :
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
भोजपुरी शब्द संरचना
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम
जानवर के नाम भोजपुरी में
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन