भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

हमार भोजपुरी

0

हमार भोजपुरी !!
बड़का बाबा बडकी ईया (आजी )
छोटका बाबा छोटकी ईया (आजी)
माई, बाबूजी, काका, चाचा -चाची, बडकी माई ,
बाबू , बबुआ, बचवा, बुचिया, दिदिया
बहिनी, नेह छोह से भरल भौजी बड़का भाई !!
फुआ- फूफा, पाहुनसार
मामा- मामी बड़ा नेह से ननिया कहाले नानी
ननदी- भौजी सभ मिली के काटे ली जा चानी
एजी सुनतानी से शुरू होला भोरभोरे के कहानी !!
एहिजा बहिनी बुचिया बेटी निहन होले छोटकी साली
बडकी साली भी दिदिये कहाली
दूल्हा- दुल्हिन के बतिये जी न्यारा बा
एही से त बनल एह श्रृष्टि के धारा बा !!
भोजपुरी जइसे चनरमा के शीतलता से भीजल चादर
नेह-छोह-सम्मान से एहमे भरल बाटे गागर
छोट बड सभे के मिलेला दउरा भरी के आदर !!
कहेला राजीव भोजपुरिया – हमार भोजपुरी
मिश्री से मीठ जईसन निर्मल गंगा माई
एक दीने भोजपुरी के संसार बिगुल बजाई !!
जय भोजपुरी जिहिं जा भोजपुरी बहिनी भाई !

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version