भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी कविता सूतन रहलीं सपन एक देखलीं

सूतन रहलीं सपन एक देखलीं

0

सूतन रहलीं सपन एक देखलीं
सपन मनभावन हो सखिया,
फूटलि किरनिया पुरुब असमनवा
उजर घर आँगन हो सखिया,

अँखिया के नीरवा भइल खेत सोनवा
त खेत भइलें आपन हो सखिया,
गोसयाँ के लठिया मुरइआ अस तूरलीं
भगवलीं महाजन हो सखिया,

केहू नाहीं ँचा नीच केहू के न भय
नाहीं केहू बा भयावन हो सखिय,
मेहनति माटी चारों ओर चमकवली
ढहल इनरासन हो सखिया,

बैरी पैसवा के रजवा मेटवलीं
मिलल मोर साजन हो सखिया ।

-संजय सिंह

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version