भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी कविता छोडी के गईल पिया जहिया से

छोडी के गईल पिया जहिया से

0

छोडी के गईल पिया,जहिया से विदेशवा हो मनवा लागत नईखे,
हरदम खोजेला तोहार साथ,मनवा लागत नईखे,
चले जब सर सर बयरिया हो,लागे अईब
पिया घरवा हो,मनवा लागत नईखे,

देखी सून असमनवा हो,हम के लागे डरवा हो मनवा नईखे लागत,
जब गगन में चाँद आवे,लागे लगईबअ हमके गरवा हो,मनवा लागत नईखे,
टूटेला सपनवा हो जब खोलीं दरवाजवा हो मनवा लागत नईखे,
हरदम खोजेला तोहार साथ,मनवा लागत नईखे,

बोलेले कोयलिया बैरन , सुनी दहकेला करेजवा हो मनवा लागत नईखे,
पीउँ पीउँ रटी रटी,मुवावेला पापी पपीहरवा हो,मनवा लागत नईखे,
कब अईब हमरो नाथ,अब तरसेला हियवा हो
आशासे निराशा होलाजब नईखअ नियरवा हो
मनवा लागत नईखे,

हरदम खोजेला तोहार साथ ,मनवा लागत नईखे,
तोहरा बिना सूना लागे , सजल घरवा अंगनवा हो मनवा लागत नईखे,
आजू ले ना झूले जाईब हमहू झूलनवा हो मनवा लागत नईखे,

रहिया देखत अब थाकल नयनवा हो,मनवा लागत नईखे,
वादा कईल आयब होलिया मे,लाग गईल अब सनवा हो,मनवा लागत नईखे,
हरनी लिखी लिखी पतिया,जियरा होखे
रोई रोई बीते दिन – रतिया हो,मनवा लागत नईखे,
हरदम खोजेला तोहार साथ,मनवा लागत नईखे—

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version