भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

कलम उगलत बा आग

0

कलम उगलत बा आग, का लिखीँ?
हमार देश के का बा हालात, क लिखीँ?

सिसकत बा मानवता, कवनो कोना मेँ पड़ल।
जकड़ले बा पईसा के मकड़जाल, का लिखीँ?

इंसानियत कौड़ियन के खातिर मर रहल बा!
केहु नइखे जानत कब,
कौड़िया इंसान से हो गइल बड़ बा।

तिलमिला के मर रहल बा,
संवेदना टुकड़ा-टुकड़ा मेँ एहिजा।
मौत भी जी के मरत बा, का लिखीँ?

कलम उगलत बा आग, का लिखीँ?
हमार देश के का बा हालात, का लिखीँ?

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version