नेताजी जी घर से निकलने , पब्लिक कैलस पीछा,
मुह देखावे केसे ,एहसे मूडी कैलन नीचा.
रंग ता उनकर गोर रहल, आ नियत पूरा करिया ,
जनता के थारी में खईलन, आ छेद देहलन थरिया .
जोगीरारा सा रा रा अर अर रा रा.
एगो नेता राजठाकरे ,चाचा उनकर बाल ,
अबकी भाषा क्षेत्रवाद के खूब पकईलन दाल.
खूब मराठी कूटने उनके , भगले दोनों जाना ,
up और बिहार ,कही न उनके मिलल ठिकाना,
बुरा न मनिहा राज ई हमरे सपना के हा फ़साना,
न मनबा जे कहना ता ई सपना सच हो जाई,
तहरे अईसन नेतवन, के तब पब्लिक सबक सिखाई..
जोगीरा सा रार रा रा रा रा ..
एगो नेता पावरफुल, शरद पवार हा नाम ,
अइसन खैने सब्जी भाजी, खाइल भईल हराम,
रेट गईल आसमान पे ,महंगाई के बनल रिकार्ड,
अब नारा बा जिए खातिर हवा आ पानी जिंदाबाद ,
जोगीरा सा रा रा रा रा रा.
उनके हाथ में तख़्त समाईल ,उबके सर पे ताज.
भोगत बाने राजयोग, हर पार्टी के युवराज .
केतनो करे आन्दोलन ,केतनो लाठी खाई .
पर कार्यकर्ता कब्बो पार्टी के नेता न बन पाई .
ऐसे में चमचा लोगन के मिली खूब मलाई …..
जोगी रा सा रा रा रा …………
मनमोहिनी सूरत उनकर मनमोहन हा नाम,
हवे pm देश के केहू न जाने काम .
बुरा लगे भा भला लगे ,सबके होई खिचाई,
काम न होई जनता के ता रोज जोगीरा गाई….
बोली सा रा रा रा ……….
देखनी दशा देश के ,ता आईल याद जोगीरा
मन के बात कुल्ही रख देहनी , मन हो आईल धीरा,
अब जननी हम कहे जोगीरा इतना जानल जाला ,
देश समाज के और मन के ,सबके छवि देखाला
जोन न कह पाई हमनी के ,जोगीरा कह जाला .
हस के सा रा रा रा रा ………….