पिछला साल भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया अउरी मैथिली भोजपुरी अकादमी, दिल्ली सरकार के संयुक्त तत्वाधान में दिसम्बर के महीना मे भोजपुरी लिटरेचर फेस्टिवल -2018 के आजोयन कइल गइल रहे । ई आजोयन कई मामला मे एतिहासिक अउरी सार्थकता देवे वाला रहे।
एह साल भी भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया अउरी मैथिली भोजपुरी अकादमी एक साथे मिलकर के संयुक्त रूप से ई आयोजन 10 नवम्बर के दिल्ली के हंसराज कॉलेज मे करे जा रहल बाटे ।
भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया के दिल्ली प्रदेश के संयोजक जलज कुमार अनुपम कहलें कि एह बार के आयोजन युवा अउरी समाजिक विमर्श पर ज्यादा केंद्रित रही। एकरा अलावे अउरी भी बहुत कुछ अलग एह बार के आयोजन में देखे के मिली।
जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री
ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।