भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

आन्हर

0
सुधीर पाण्डेय

सुधीर पाण्डेय
सुधीर पाण्डेय
अपना मर्जी से , खुश होके , सुविधा से ,
सगरों अत्याचार देखल , बिना दुबिधा के |
चऊक पर के चरचा , पंचायती सुनल ,
निमन आ बाऊर के , भेद ना गुनल |
मुद्दा बाड़ा बाड़ा , लोग के समझावल ,
वोट दे के चुने बेरा , उहे बात दोहरावल |
आपना इज्जत के , करीं खूब रखवारी ,
दोसरा के नाम पर , लाज टांगल अंटारी |
टीबी पर रामायण , महाभारत , साई -साई ,
देख के भी , करत बानी , केतना कुचराई |
बात बात पर , कानून के दोस दिले ,
लूटे मे आगे आगे , कूल्ही हमरे मिले |
जाती आ धरम , अरे ! खून बा गरम ,
इंसानियत लाचार बा , नईखे का शरम |
सुन के , जान के , देख के , चुप !
आँख वाला “आन्हर ” के ह ई रूप |

– सुधीर पाण्डेय

पिछला लेखभोजपुरी साहित्य में हास्य-व्यंग्य
अगिला लेखदूभ
टीम जोगीरा आपन भोजपुरी पाठक सब के ई वेबसाइट उपहार स्वरुप भेंट कर रहल बा। हमनी के इ कोशिश बा कि आपन पाठक सब के ढेर से ढेर भोजपुरी में सामग्री उपलब्ध करावल जाव। जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी के ऑनलाइन सबसे मजबूत टेहा में से एगो टेहा बा, एह पऽ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के टटका ख़बर, भोजपुरी कथा कहानी, भोजपुरी किताब, भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी से जुड़ल समग्री उपलब्ध बा।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version