विलोम शब्द के परिभाषा
विलोम के मतलब होला उल्टा। कवनो शब्द के उलट भा विपरीत मतलब देवे वाला शब्द के विलोम कहल जाला आ ओ शब्द के विलोम शब्द कहल जाला, एकर मतलब भइल एक दोसरा के उलट अर्थ देवे वाला शब्दन के विलोम शब्द कहल जाला।
जरूर देखीं: भोजपुरी शब्दकोश : Bhojpuri Dictionary
विलोम शब्द बनावे के नियम
लिंग परिवर्तन से:
जइसे:- भाई – बहिन, गाय- बैल, राजा -रानी, लइका – लइकी आदि।
अलग जाति के शब्दन से:
जइसे:- उतिम – मधिम, तीत – मीठ, आगा – पीछा आदि।
उपसर्ग से:
जइसे:- बेरा – कुबेरा , नेत – अनेत , मान-अपमान, करम – कुकरम आदि।
इहो देखीं : भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द | Antonyms in Bhojpuri
- आइल – गइल
- आखिरी – पहिला
- अन्हार -अँजोर
- अन्हरिया -अँजोरिया
- बेरा – कुबेरा
- छोट – बड़
- अगाडी – पछाडी
- बड़कू – छोटकू
- नरम – गरम
- मोट -पातर
- गोर – सांवर
- उजबक – चालाक
- उलार – दाब
- खट – मीठ
- मीठ – तीत
- एने – ओने
- उजर -करिया
- ओरचन – सिरहानी
- ओरियानी – बँड़री
- कठेस – गील
- कँपसल – निधड़क
- काँच – पाकल
- कीनल – बेंचल
- खरकटल – फूलल
- गझिन – फॉफर
- हलुक – भारी
- गलीज – साफ
- गजन – आराम
- चाकर – पातर
- गँहिर – उचास
- चिउटी – चिउटा
- चोख – भोथर
- ढेर – कम
- तहार – हमार
- दुबराइल – मोटाइल
- धनिक – गरीब
- गाढ़ – पातर
- घरजनवाँ – समहर
- अनकर – आपन
- चालबाज – सोझबक
- पूरुब – पच्छिम
- चिचियाइल – चुपाइल
- चिन्हार – अनचिन्हार
- चीत – पट
- छउकल – अहथिर
- बड़हन – छोटहन
- मरद – मेहरारू
- लतरा – दाहिना
- लूर – बेलूर
- छिछला – गँहिर
- छितराइल – समेटाइल
- सउसे – आधा
- छूत – अछूत
- साँच – झूठ
- जड़वल – घमाइल
- जागल – सुतल
- जात – कुजात
- जाबल – खुलल
- जाम – खुला
- जिअतार – मुअतार
- जिनिगी – मउअत
- जीअल – मुअल
- जुआइल – अज्जु
- झमरल – फुहिआइल
- झाँझर – गँझिन
- झाँपल – उघारल
- टएट – गुलगुल
- टघरल – कठेस
- टटका – बसिया
- टभकल – लरम
- टहकार – मधिम
- ठमकल – बढ़ल
- ठोस – खँखर
- तँवाइल – सुस्ताइल
- तातल – सेराइल
- तीत – मीठ
- तेज – फींका
- थउँसल – गोटाइल
- थथमल – तेज
- थोपल – अँगेजल
- दहार – सुखाड़
- दहारल – मेंमिआइल
- दिन – कुदिन/रात
- देहगर – खिनउरी
- धंसल – उठल
- धाक – बेगम/हलुक
- धाकड़ – मुँहचोर
- धार – भोथ
- धीया – पूता
- नइखे – बाटे
- नियरा – लम्हारा
- नीक – जबून
- नीमन – बाउर
- नीयर (नीयन) – बेमेल
- नुनगर – फींका
- नेवर – टएट/टेटिहा
- पछुआ – पुरबा
- पनिगर – धीमर
- पिछुआ – फुफुती
- पेटकुनियां – चितान
- फइल – सकेत
- फइलल – सिकुड़ल
- फफराह – सकेता
- फफाइल – अहथिर
- फरीछ – अंहारा
- फाड़ल – सीअल
- फुलाइल – कुम्हलाइल/मुरझाइल
- बटोरल – छितरावल
- बड़ाई – हिनाई
- बड़ाएल – छनछन
- बरल – बुताएल
- बसगित – उछन्नर
- बसाएल – गमकल
- बसावल – उजाड़ल
- बउक – चाल्हाक
- बांड़ – बिअहल
- बिआहल – कुँवार
- बेर – अबेर
- बेरा – कुबेरा
- भांड़ल – सरियावल/फरियावल
- मउगा – मरद
- मिलल – बिछुड़ल
- रोपल – उखाड़ल
- लकम – बेलकम
- लगहर – गाभिन
- लगाइत – बेलगाइत
- सगुन – अपसगुन
- सरद – गरम
- सहत – महँग
- सुसुम – पाला
- सूथर – भेहर
- सूधा – मरखाह
- सोकन – धवर
- हया – बेहया
- खाल – उच
- घर -दुवार
- भीतरी – बहरी
- सोझा – अलोता
- बइटल – उठल
- हरिहर – सुखल
- छोड़ल – पकड़ल
रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : सातवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : आठवाँ दिन
ध्यान दीं: भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े खातिर जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं